Bhojpuri: बिहार एनडीए में मचल बा बवाल, मार रहल बा नेता लोग लेवाड़

चुनाव बा यूपी में आs घमासान मचल बा बिहार एनडीए में. बिहार आज कोरोना से त्रस्त बा , बिहारी मजदूर देशभर से घरे लवट रहल बाड़ें, हर काम ठप्प बा, आ एने बिहार में बवाल मचल बा. हं जी ,अइसने सीन हर रोज देखे-पढ़े आs सुने में आवत बा. भाजपा नेता लोग, जदयू के पाछे पड़ल बा त जदयू , भाजपा के पाछे. एनडीए के घटक दल 'हम' भी, बहत गंगा में हाथ धोवे से बाज नईखे आवत. ऊ लोग , आपसे में अतना अझुराईल बा लोग कि पते नईखे कि कतना लेवाड़ मार रहल बा.
http://dlvr.it/SHKm2t

No comments:

Post a Comment